विजयवाड़ा
Appearance
(विजयवाडा से अनुप्रेषित)
विजयवाड़ा | |
---|---|
देस | भारत |
राज्य | आंध्र प्रदेश |
Population (2011) | |
• Total | 1,491,202 |
विजयवाडा (अंग्रेजी: Vijayawada) भारत के आंध्र प्रदेश राज्य में एक ठो शहर बा। आबादी के हिसाब से ई आंध्र प्रदेश के दुसरा सभसे बड़हन शहर हवे (विशाखापट्टनम के बाद) आ आंध्र प्रदेश के राजधानी शहर सभ में से एक हवे। विजयवाड़ा शहर कृष्णा नदी के तीरे बसल बाटे आ ई पुरबी घाट के परबत सभ से घेराइल बाटे जिनहन के इंद्रकील पहाड़ी एहिजे पड़े ले।
जनसांख्यिकी
[संपादन करीं]साल 2011 के जनगणना[1] अनुसार विजयवाडा के कुल शहरी जनसंख्या 1034358 बाटे आ आसपास के उपशहरी इलाका के मिला लिहल जाय तब कुल जनसंख्या 1491202 बा। जनसंख्या के हिसाब से ई भारत के 42वाँ शहर बाटे। जनगणना आँकड़ा के मोताबिक एह शहर में लिंगानुपात 995 आ साक्षरता के दर 81.24% बाटे।[1]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ 1.0 1.1 "City Census 2011". census2011.co.in. Retrieved 22 नवंबर 2016.
ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |