Jump to content

ज्वालामुखी बिजुरी

विकिपीडिया से
छापे लायक वर्शन अब सपोर्ट नइखे कइल जात आ एह में रेंडरिंग के खराबी हो सके ला। आपन ब्राउज़र के बुकमार्क अपडेट क लीं आ छापे खाती एह सुबिधा के बजाय अपना ब्राउज़र के डिफॉल्ट प्रिंट फंक्शन के इस्तेमाल करीं।
ज्वालामुखी बिजुरी
Volcanic lightning
फिलिपींस के ताल ज्वालामुखी में 2020 के बिस्फोट के समय बिजुरी के उत्पत्ती के फोटो
परभावबिजुरी

ज्वालामुखी बिजुरी (अंग्रेजी: volcanic lightning; ज्वालामुखीय बिजली) अइसन घटना हवे जेह में ज्वालामुखी के बिस्फोट के कारन इलेक्ट्रोस्टेटिक डिस्चार्ज होला आ आकासी बिजुरी नियर कड़क आ चमक पैदा हो जाला जबकि साधारण आकासी बिजुरी बादर में बने ले झंझावत के समय। ज्वालामुखी बिजुरी ज्वालामुखी से निकले वाला धुँआ, राखी के बादर के कन आ कभीकभार ऊपर जा के ठंढा हो के जमे वाला बर्फ के कन के आपसी टकराव कारण पैदा होखे ले जेकरे चलते ज्वालामुखी प्लूम (तेजी से ऊपर उठे वाला धुँआ, राखी वगैरह के संरचना) में स्टेटिक इलेक्ट्रिसिटी (स्थैतिक बिद्युत) पैदा हो जाले। अइसन घटना के, एही कारन डर्टी थंडरस्टॉर्म (गंदा झंझावात) भी कहल जाला। नम कन्वेक्शन, मने कि भाप वाला धुँआ के ऊपर उठान, आ ऊपर जा के ठंढा हो के एह में बरफ के निर्माण बिस्फोट के बाद उठे वाला बादर के डाइनामिक्स के परभावित करे लें। हालाँकि, साधारण तड़ितझंझा के बिपरीत ज्वालामुखी के बिजुरी एकरे बादर में बिना बरफ के कण बनले भी हो सके ला।

ज्वालामुखी बिजुरी के सभसे पहिला रिकार्ड कइल घटना 79 ईपू. में प्लिनी द यंगर द्वारा कइल गइल जे माउंट विसुवियस के बिस्फोट देखले रहलें। बाद के समय में एह दसा में सुरुआती ऑब्जरवेशन सभ भी एही विसुवियस ज्वालामुखी में कइल गइल।


संदर्भ