बोगीबील पुल
बोगीबील सड़क-रेल पुल भारतीय राज्य आसाम में ब्रह्मपुत्र नदी पर बनल एगो पुल बा।[1] ई आसाम के देमाजी आ डिब्रूगढ़ जिला के बीचा में बाटे आ साल 2018 के दिसंबर में एकर उदघाटन कइल गइल आ एह समय ई भारत के सभसे लमहर रेल-कम-रोड पुल (जेह में सड़क आ रेल लाइन दुनों होखे) बाटे। एह पुल पर नीचे दोहरी रेल लाइन बाटे जबकी ऊपर तीन लेन के सड़क बनावल गइल बा।
Bogibeel Bridge | |
---|---|
लोकेशन | 27°24′31″N 94°45′37″E / 27.40861°N 94.76028°Eनिर्देशांक: 27°24′31″N 94°45′37″E / 27.40861°N 94.76028°E |
इस्तेमाल | मोटरगाड़ी, बस, ट्रक (सड़क); रेल (रेलवे लाइन) |
पार करे ला | ब्रह्मपुत्र नदी |
जगह | देमाजी जिला आ डिब्रूगढ़ जिला, आसाम, भारत |
बिसेसता | |
डिजाइन | ट्रस ब्रिज |
मटेरियल | स्टील, कंक्रीट |
कुल लंबाई | 4.94 किलोमीटर (3.07 मील) |
सभसे लमहर खंड | 125 मी (410 फीट) |
खंड सं. | 41 |
इतिहास | |
निर्माणकरता | हिंदुस्तान कंस्ट्रक्शन कंपनी (HCC), गैमोन इंडिया |
बनावे सुरू | 21 अप्रैल 2002 |
पूरा भइल | दिसंबर 2018 |
खोलल गइल | 25 दिसंबर 2018 |
बोगीबील पुल के बने के सुरुआत 2002 में भइल। एकरे बन जाए से डिब्रूगढ़ आ ईटानगर के बीचा में आवागमन आसान हो जाई आ ई अरुणाचल में भारत के सेना आ रक्षा संबंधी चीज के भी मजबूत करी।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ शर्मा, दिलीप कुमार (25 दिसंबर 2018). "असम का बोगीबील पुल भारत के लिए क्यों महत्वपूर्ण है" (हिंदी में). बीबीसी हिंदी. Retrieved 23 फरवरी 2019.